Latest from Bhojpuri Films

बिहार झारखंड के कलाकारन से भरल “तोर चाहत में”

by admin

आम तौर पर बिहार भा झारखण्ड के कवनो फिलिम में सगरी कलाकार आ तकनीशियन ओहिजे के ना होलें बाकिर मोहन लाल जी महतो आ रोहित लाल बी. महतो के फिल्म “तोर चाहत में” के एगो खांटी बिहारी झारखंडी फिल्म के दरजा दिहल जा सकेला काहे कि एह फिलम में ना सिरिफ कलाकार आ तकनीशियने स्थानीय बाड़ें, बलुक सगरी कामो बिहारे झारखंड में कइल गइल बा.

फिल्म के निर्देशक पप्पू प्रधान हउवें. फिल्म में मुख्य भूमिका पीयूष आर्य, सुप्रिया, मोहन महतो, श्रेया मुखर्जी, सोहन लालजी महतो, पप्पू प्रधान, सचिन्द्र हेम्ब्रम, चंद्रभूषण सिंह, आ उतन पाण्डे के बा. छायाकार हउवें विकास प्रसाद. एम.आर.आर.इंटरटेनमेंट अउर खुशबू आर्ट का बैनर में बनत एह फिल्म के निर्माता मोहन लाल जी महतो के कहना बा कि ऊ अक्सर बिहार आ झारखंड के प्रतिभा के मुंबई क ख़ाक छानत देखत रहलें से ऊ एहिजे के कलाकार तकनीशियन ले के फिलिम बनावे के तय कइलन.

ए.बी. मोहन प्रसाद रजक पटकथा आ संवाद लिखलें. कहानी दीपक राज के लिखल. एकरा गीतन में उदित नारायण, दीपा नारायण जइसन महारथी गायकन संगे रीमा कपूर आ दोसरो स्थानीय गायकन के आवाज बा, फिल्म अब प्रदर्शन ला तइयार बिया . देखल जाव कि पूरा टीम के मेहनत अउर लगन से कइल काम के दर्शक कतना पसंद करत बाड़न आ स्थानीय कलाकार के कतना उत्साह बढ़ावत बाड़न.


(उदय भगत के रपट)


हैदर काजमी के दिहल गइल ‘द रियल रंगबाज़ ऑफ़ भोजपुरी सिनेमा’ के खिताब

by admin

भोजपुरी के मजगर अभिनेता हैदर काज़मी के ‘रंगबाज़’ हिट होखला आ नक्सली एरिया जहानाबाद में फ़िल्म ‘कालिया’ के शूटिंग कर लिहला का बादे से मीडिया त ‘रियल रंगबाज़’ क खिताब देइये दिहले रहुवे. अब “आर० के० एक्सलेंस अवार्ड 2012″ में हैदर काजमी के ‘द रियल रंगबाज़ ऑफ़ भोजपुरी सिनेमा’ क अवार्ड देके एह बात पर मुहर लगा दिहल गइल कि वाकई में हैदर काज़मीए असली रंगबाज़ हउवें.

जी हँ, जवना तरह से दिलीप कुमार के ‘ट्रेजिडी किंग’, अमिताभ बच्चन को ‘यंग्री यंग मैन’ आ आमिर खान के ‘मिस्टर परफेक्टनिस्ट’ के खिताब से नवाज़ल गइल रहे अब ओही तरह से पहिला बेर भोजपुरी इण्डस्ट्री में कवनो हीरो के अइसन उपाधि मिलल हैदर काज़मी के बड़हन उपलब्धि बा. एह तरह के अवार्ड अबहीं ले भोजपुरी सिनेमा से दूरे रहल बा.

गौरतलब होखे कि जब भोजपुरी सिनेमा के सगरी हीरो ‘सुपर स्टार’ हउवें, हैदर काज़मी कबहु अपना के सुपर स्टार ना मनलन आ हमेशा अपना काम ला ईमानदार रहेलन. ऊ अपना काम के बखूबी अंजाम दिहल जानेले आ भीड़ से अलगा आपन पहचान बनावत भोजपुरी सिनेमा के बढ़न्ती आ दर्शकन के स्वस्थ मनोरंजन करत रहे के चाहेलें.


(अपना न्यूज के रपट)


चिदंबरम के अदा के कायल भइलन रवि किशन

by admin

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन संसद में गृह मंत्री पी. चिदंबरम के भोजपुरी बोलला के स्वागत कइले बाड़न. रविकिशन के लागत बा कि अठवीं अनुसूची में भोजपुरी के शामिल करे के राह साफ होखत बा.

बीकानेर में अपना एगो हिंदी फिल्म के शूटिंग में व्यस्त रवि किशन कहलन कि संसद के कार्यवाही देखत दौरान ऊ कबहियो गृह मंत्री पी.चिदंबरम के हिंदी में बोलत नइखन देखले बाकिर आजु आठवी अनुसूची में भोजपुरी के शामिल करावे खातिर आइल ध्यानाकर्षण प्रस्ताव पर भोजपुरी में आश्वासन देके चिदम्बरम देश-विदेश के करोडो भोजपुरियन के दिल जीत लिहलन.

रवि किशन के कहना बा कि भोजपुरी भाषा के साहित्य त समृद्ध बटले बा ओकर एगो वैभवशाली इतिहास रहल बा दुख क बात बा कि एकरा के संविधान के अनुसूची में शामिल नइखे कइल गइल. बाकिर आजु चिदम्बरम के अंदाज से साफ लागत बा कि सरकार मन बना लिहले बिया कि जल्दी से जल्दी भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दे दिहल जाव..


(उदय भगत के रपट)


यशराज कैम्प में घुसलें रवि किशन

by admin

भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन क एंट्री अब हिंदी फिल्म जगत के सबले बड़हन बैनर यश राज फिल्म्स में हो गइल बा आ ऊ एह बैनर के नइकी फिल्म के शूटिंग शुरूओ कर दिहले बाड़न. बतावल जात बा कि रवि किशन ओह फिल्म में एगो खासमखास किरदार निभावत बाड़न.

हिंदी फिलिमन में भोजपुरी के चेहरा कहल जाए वाला रवि किशन अबले हिंदी फिल्म जगत के अनेके बड़का बैनर आ निर्देशकन का साथे काम कर चुकल बाड़े. बाकिर अबही ले यशराज फिल्म्स में काम करे क मौका ना मिलल रहुवे. अब यश राज फिल्म्स के एह नइकी फिल्म से उनकर ई इच्छा पूरा हो गइल बा. एह घरी रवि किशन लगभग एक दर्ज़न हिंदी फिलिमन में काम करत बाड़ें.

हालिया रिलीज़ डेंजरस इश्क में मीडिया आ दर्शकन के वाह वाही लूटला का बाद रविकिशन जल्दिए डॉ. चंद्रप्रकाश द्विवेदी क फिल्म “मोहल्ला अस्सी” में सन्नी देओल संगे, “जिला गाजियाबाद” में संजय दत्त, अरसद वारसी आ विवेक ओबेराय संगे नज़र आवे वाला बाड़न. एकरे अलावे सेलेब्रेटी डांस शो “झलक दिखला जा” में ऊ बतौर प्रतिभागी नज़र अइहें.


(उदय भगत के रपट)


Theme by Ali Han | Copyright 2012 CinemaBhojpuri.in | Powered by WordPress