Category Archives: Uncategorized

नीमन आदमी बन गइलें बिपिन सिंह

BipinSingh

खलनायक बिपिन सिंह अकसरहाँ कुछ ना कुछ नया करत रहलें. एही चलते फिलिम “प्रतिघात” में बिपिन सिंह खलनायकी ना कर के एगो नीमन आदमी के किरदार कइलें बाड़ें. दर्शको उनुका के अइसने पाजीटिव किरदार में देखलो चाहत रहलें. अब ई भूमिका कर के बिपिन सिंह बहुते खुश बाड़ें. एहमें उनुका…

हम स्क्रिप्ट देखके स्टार फायनल करीले – डा. सुनील कुमार

SunilKKumar

सिनेमा भोजुपरी में डा. सुनील कुमार के दबंग निर्माता आ वितरक मानल जाला बाकिर डा. सुनील खुद अपना के दबंग ना दिलेर मानेले. कहलें कि हम सिस्टम बदलल चाहीले बाकिर लोग हमरा साथे चले तब त. डा. सुनील के फिलिम नोट बरसावेली स. उनकर फिलिम ‘चाचा भतीजा’, ‘दामिनी’, ‘घायल योद्धा’…

मुम्बई में चलल रानी के जादू

Rani-Sanjay-RaniChaliSasural

ढेर दिन से जवना फिलिम के इंतजार रहल ऊ ‘रानी चली ससुराल’ पिछला शुक के मुंबई के सिनेमाघरन में धमाकेदार तरीका से रिलीज भइल. फिलिम देखे ला जुटल भीड़ से साफ हो गइल कि रानी चटर्जी के जादू आजुओ दर्शकन का कपारे चढ़ल बा. (शशिकांत सिंह)

‘‘जीना तेरी गली में’’ परोसे जात बाड़ें सुजीत तिवारी

सिनेमा भोजपुरी के मशहूर परोसिआ कंपनी सीपीआई मूवीज (सुजीत तिवारी के कंपनी) मशहुर निर्माता-निर्देशक राजकुमार आर. पाण्डेय के भोजपुरी फिलिम ‘‘जीना तेरी गली में’’ के परोसे वाला बा. साईं दीप फिल्मस के बैनर तले बनत एह फिलिम में राजकुमार आर. पाण्डेय अपना बेटा प्रदीप पाण्डेय ‘‘चींटू’’ के नायक बना के…

पाखी दू गो फिलिम साईन कइली

सिनेमा भोजपुरी के सुपरस्टार नायिका पाखी हेगड़े हाल ही में दू गो नया फिलिम साईन कइले बाड़ी. एगो फिलिम ह सी. पी. आई. मूवीज (सुजीत तिवारी) के परोसल आ सी. बी. वर्मा के बनावल जगदीश शर्मा निर्देशित फिलिम ‘‘जानी दुश्मन’’ जवना में पाखी पवन सिंह आ सुशील सिंह संगे बाड़ी….

खेसारी-स्मृति के सफल जोड़ी फिलिम ‘‘प्यार झुकता नहीं’’ में

मशहूर भोजपुरी फिलिम निर्माता अभय सिन्हा के बहुचर्चित फिलिम ‘‘प्यार झुकता नहीं’’ में खेसारीलाल यादव आ नायिका स्मृति सिन्हा के जोड़ी एक बेर फेरू देखे के मिली. यशी फिल्मस के बैनर में बनल एह फिलिम खेसारी आ स्मृति के शानदार रोमांस देखे के मिली. साथे रहीहें नवोदित शैलेश सिन्हा, अक्षरा…

आपसे में भिड गइलें विराज भट्ट आ अजय दीक्षित

निर्देशक अवनि अग्रवाल आ निर्माता जयेश पटेल के फिलिम “दबंग मोर बालमा” में एक्शन स्टार विराज भट्ट आ एक्शन हीरो अजय दीक्षित ग्लैमरस हीरोईन मोनालिसा का फेर में एक दोसरा के मरे मारेला ला भिड़ जइहें. एह एक्शन के निर्देशित करीहें शकील शेख आ कैमरा में उतरीहें करीम खत्री. (संजय…

‘कोठा’ पर बिका गइली रिंकू घोष

अगरचे रिंकू घोष के बेहतरीन फिलिम देखे के मन होखे त इंतजार करीं ‘कोठा’ के. एह फिलिम में रिंकू घोष अइसनका कनिया बनल बाड़ी जवना के ओकर मरदे अपना मजबूरी में एगो कोठा पर बेच देता. रायपुर के मुक्तांगन में शूट भइल एह फिलिम में रिंकू घोष क भूमिका ‘बिदाई’…

रमाकांत प्रसाद के ‘हिम्मतवाला’ के पहिला लुक जारी भइल

जानल मानल भोजपुरी फिल्म निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के नइकी फिलिम ‘हिम्मतवाला’ के पहिला लुक पिछला दिने मुंबई में जारी भइल जवना में फिलिम के नायक विराज भट्ट त्रिशूल लिहले एक्शन करत नजर आवत बाड़ें. एह लुक से लागऽता कि फिलिम एक्शन प्रधान बावे. (शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट) रमाकांत…

फिलिम डकैत आ खुद्दार २७ जुलाई के बिहार में रिलीज भइली सँ

पिछला शुक 27 जुलाई के बिहार में पवन सिंह स्टारर ‘‘डकैत’’ आ विराज भट्ट अभिनीत ‘‘खुद्दार’’ रिलीज कइल गइल. ‘‘डकैत’’ 40 गो सिनेमाघरन में आ ‘‘खुद्दार’’ बिहार के 30 गो सिनेमाघरन का साथे मुंबईओ में रिलीज कइल गइल, दुनु के शुरूआती ओपनिंग बढ़िया रहल. (प्रशांत निशांत के रपट) पवन सिंह…

भोजपुरी में मिंक सिंह के डाँस के जलवा.

सिनेमा भोजपुरी में त अपने अनेके अदाकारा लोग के अपना अदा से दर्शकन के दिल जीतत देखले होखब बाकिर अबकी एगो नया चेहरा लउकी मिंक सिंह के जे अपना लटका-झटका अउर मदमस्त अदा से दर्शकन के घायल करीहें. वेद ऑडियो वीडियो फिल्म्स प्रोडक्शन के भोजपुरी फिल्म “विध्वंस” के एगो आइटम…

हाजीपुर में इंडस्ट्रियल पार्क क शिलान्यास कइलन मनोज तिवारी

पिछला दिने भोजपुरी मेगा स्टार आ गायक मनोज तिवारी हाजीपुर में उद्यमी विहार के एगो कई तल्ला वाला इंडस्ट्रियल पार्क के शिलान्यास कइलन. हाजीपुर के कुआरी में हजारों लोग का मौजूदगी में मशहूर बिल्डर ‘वास्तु विहार’ के तर्ज पर ओकरे औद्योगिक इकाई ‘उद्यम विहार’ का तरफ से हाजीपुर के लोगन…

Switch to our mobile site