मनोज तिवारी-रिंकू घोष के ‘अंधा कानून’ 13 जुलाई से मुंबई में

भोजपुरी फिल्मों के मेगा अभिनेता मनोज तिवारी अउर नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष के जोड़ी वाला फिल्म ‘अंधा कानून’ 13 जुलाई से मुंबई में रिलीज होखे वाली बा. मनोज तिवारी आ रिंकू घोष के जोड़ी वाली फिल्म ‘भईया हमार दयावान’ पिछला दिने मुंबई आ बिहार रिलीज भइल रहे त छह साल बाद परदा पर आइल एह जोड़ी के देखे खातिर भारी उमड़ल रहे. अब फिल्म ‘अंधा कानून’ लेके मनोज तिवारी आ रिंकू घोष दुनु जने बहुते उछाह में बाड़न.

एह फिल्म में मनोज तिवारी, रिंकू घोष, शमीम खान, रानी चटर्जी, उमेश सिंह, संतोष श्रीवास्तव, सी.पी. भट्ट, नागेश मिश्रा, एहसान खान, अली खान, इरफान खान, जय प्रकाश, लईक खान अउर अवधेश मिश्रा के खास भूमिका बा. आईटम गर्ल सीमा सिंह आ खुशी गुप्ता पर दिलकश आईटम गीत फिल्मावल गइल बा.

निर्देशक हवें इसरार अहमद, लेखक मोहम्मद सलीम, छायांकन एस. प्यारे के, संगीतकार वैष्णव देवा, गीतकार नजहर मेहरसबी आ तौफीक पल्लवी हउवें. मनोज तिवारी आ रिंकू घोष समेत सगरी टीम के एह फिलिम से ढेर उमेद बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)