कवनो फिल्म के निर्माण में निर्माता, निर्देशक, नायक, नायिका, खलनायक अउर टेक्नीशियन समेत पूरी टीम के अलावा सबले अहम भूमिका लेखक के होले काहे कि फिल्म कहानी आ स्क्रिप्टे पर बनावल जाले. आ एह ज़िम्मेदारी के निबाह रचनाकार आ संवाद लेखक मनोज पाण्डेय बाखूबी करत बाड़ें. अनेके हिंदी फिलिमन के सफल लेखक रहल मनोज पाण्डेय अब भोजपुरीओ सिनेमा में कथा-पटकथा आ संवाद लिखे में लाग गइल बाड़ें. मनोज पाण्डेय कहेलें कि उनका ला कामे खास ह रुपिया पइसा ना. कहलन कि ठीक बा कि धन जीविका के साधन होला बाकिर पहिचान काम से बनेला.
भोजपुरी में मनोज पाण्डेय के लिखल पहिला फिलिम रहल रवि किशन अभिनीत ‘धमाल कईलऽ राजा’. हैदर काज़मी अभिनीत बहुचर्चित फिल्म ‘कालिया’ के संवाद लिखलें. अब ले को उन्होंने लिखा है, जो शीघ्र ही प्रदर्शित होने वाली है. अब ले मनोज पाण्डेय ‘मर्द ताँगे वाला’, ‘लाल दुपट्टा वाली’, ‘बेनाम बादशाह’, ‘दीवानगी’ आ ‘घमासान’ वगैरह फिलिमन के लिखे के काम कर चुकल बाड़ें.
एकरा अलावे हिंदी फिल्म खोटे सिक्के, दुल्हिन, डेंजरस फ्लावर, तेरी मेरी लव स्टोरी, जाना तूने जाना नहीं वगैरह के कथा-पटकथा आ संवाद लिखले बाड़न मनोज पाण्डेय.
(अपना न्यूज के रपट)


Recent Comments