चुन्नू सिंगापुरी प्रोडक्शन हॉउस के बैनर तले बनत फिल्म ”जियत रहनी तोहरे खातिर’ के रिकार्डिंग शुरू हो गइल बा. एह बैनर में लगातार बने जात पाँच गो फिलिमन में से ई पहिला फिलिम ह. एकर पहिलका गीत मुंबई के M4U में मशहूर गायिका कल्पना के आवाज में रिकार्ड कइल गइल. गीतकार हउवें अशोक सिन्हा अउर प्रेमसागर सिंह आ संगीतकार हउवें छोटे बाबा. रिकार्डिस्ट बाड़ें प्रवीर दा.
भाई-बहन के प्रेम पर आधारित एह फिल्म के कार्यकारी निर्माता चेतन बाबू आ निर्देशक अशोक अत्री त्रिपाठी हउवें. मुख्य भूमिका में चुन्नू सिंगापुरी, धर्मेश मिश्रा, मनोज द्विवेदी, धर्मेन्द्र सिंह, प्रिया शर्मा, पूजा सिंह, अविनाश तिवारी, भाविका देसाई, बालेश्वर सिंह अउर संजय पाण्डेय रहीहें.
(अपना न्यूज के रपट)

Recent Comments