सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल हीरोइन गुंजन पन्त पिछला दिने रांची में निकलल अंजन टीवी के रोड शो में आपन जलवा देखवली. अतवार का दिने दू सौ छोटकी बड़की गाड़ियन के काफिला रांची के सड़कन से गुजरल. मकसद रहे भोजपुरी के नयका मनोरंजन चैनल अंजन टीवी के प्रचार कइल. एह मौका पर अंजन टीवी के चैनल हेड मंजीत हंस आ कंटेंट हेड रजनी सिंह मौजूद रहलें.
एह रोड शो में अभिनेत्री गुंजन पन्त कई जगहा शामिल हो के ओहिजा मौजूद लोगन से सीधा संवाद बनवली. लोग से सवाल पुछली आ सही जवाब देबे वालन के इनाम बँटली.
40 दिन ले चले वाला ई रोड शो उत्तर प्रदेश, बिहार आ झारखंड के 40 शहरन में 5000 कि.मी. के सफर करत 30 सितम्बर के पूरा होखे वाला बा.
(स्रोत : उदय भगत)


Veri good hi…i am mohan pathak Actor 9532223522