Tag Archives: अंजना सिंह

विशाल तिवारी हैदर काजमी से लड़ाई आ अंजना सिंह से प्यार

Vishal-Anjana-Ladaai

सुपर हिट फिल्म ‘भाई जी’ से चरचा में आइल अभिनेता विशाल तिवारी आ सिनेमा भोजपुरी के रियल रंगबाज हैदर काजमी के फिलिम ‘लड़ाई’ के सेट पर साँचहु अइसन लड़ाई हो गइल जवन कमे देखे के मिलेला. जहानाबाद में चलत शूटिंग छोड़ विशाल तिवारी जाए के मन बना लिहलन तबले पता…

राष्ट्रीय सहारा मनलस अंजना के नंबर वन

सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक आ बॉक्स ऑफिस के रानी कहाए वाली अभिनेत्री अंजना सिंह के हासिल में एगो अउर हासिल जुड़ गइल जब राष्ट्रीय दैनिक समाचार पत्र अपना सर्वे में इनका के साल 2012 के नंबर वन अभिनेत्री मनलस. एही समूह के टीवी चैनलो उनुका के दुसरका जगहा पर…

विनय आनंद आ अंजना सिंह के जोड़ी पहिला बेर

सिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार विनय आनंद आ अंजना सिंह के हॉट जोड़ी पहिला बेर भोजपुरी फिलिम ‘बिहारी रिक्शावाला’ में नजर आई. एह फिलिम में एह जोड़ी के अलावे नंबर वन खलनायक संजय पांडे के भूमिको खास बा. विनय आ अंजना के तरोताजा जोड़ी ले के आइल बाड़े ‘बिहारी रिक्शावाला’…

छठ पर अंजना के दू गो फिलिम

सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक आ व्यस्ततम अदाकारा अंजना सिंह के दू गो फिलिम छठ पर रिलीज़ होखे जात बा. एहमें से एगो फिलिम ह निर्माता अनिल कुशवाहा-गायत्री केसरवानी आ निर्देशक मंजुल ठाकुर के “लहू के दो रंग”. एहमें अंजना संगे खेसारी लाल यादव, राजेश राज, आ प्रिया शर्मा मुख्य…

बाबा विश्वनाथ के दरबार में विक्रांत अंजना अउर रवि

सिनेमा भोजपुरी के सितारा विक्रांत, अंजना सिंह आ गायक अभिनेता रवि त्रिपाठी पिछला दिन बनारस में बाबा विश्वनाथ के दरबार में जाके पूजा अर्चना कइलें. ई लोग आजुकाल्हु “बिआह” के शूटिंग ला बनारस में बा. निर्देशक रवि कश्यप के एह फिल्म में विक्रांत, अंजना सिंह आ रवि त्रिपाठी मुख्य भूमिका…

अंजना सिंह के मिलल पुरवैया अभिनय कला सम्मान

पिछला दिने लखनऊ के हजरतगंज में “पुरवैया” संस्था का ओर से राज्य के बाल विकास आ बेसिक शिक्षा मंत्री राम गोविन्द चौधरी अउर समाजसेविका अनुराधा मिश्रा के हाथे सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक अंजना सिंह के पुरवैया कला सम्मान २०१२ से सम्मानित कइल गइल. एह मौका पर भोजपुरी क चर्चित…

अंजन के रोड शो में अंजना के जलवा

भोजपुरी सिनेमा के गरम लिट्टी अंजना सिंह भोजपुरी के नयका मनोरंजन चैनल “अंजन टीवी” खातिर अपना शहर लखनऊ में मीडिया से रूबरू हो के चैनल का बारे में जानकारी त दिहबे कइली शहर के सड़कन पर अपान काफिला का संगे निकल के रोडो शो कइली. बतावे जोग बा कि पिछला…

अंजना सिंह के डबल धमाका

सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक अंजना सिंह खाति जश्ने आजादी के ६६ वां सालगिरह दू गो ख़ुशी लेके आइल. पंद्रह अगस्त के अंजना के दू गो फिलिम रिलीज भइली सँ आ दुनु सफलता के राहे बढ़ल जात बाड़ी सँ. एह फिलिमन में “एक बिहारी सौ पे भारी” बिहार में रिलीज़…

पवन सिंह-अंजना सिंह क जोड़ी ‘लावारिस’ में

पवन सिंह आ अंजना सिंह क सुपरहिट जोड़ी ‘लावारिस’ में जल्दिए देखे के मिली. आरोही फिल्म्स के प्रस्तुति आ निर्माता अजय सिन्हा अउर नासिर जमाल के एह फिल्म में पवन आ अंजना के लव एंगल बा. एह दुनु पर देव पाण्डे का निर्देशन में एक से बढ़के एक जबरदस्त गाना…

अंजना का जनम दिन पर लचकलें भोजपुरिया सितारा

सिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी बनल अभिनेत्री अंजना सिंह के जनम दिन पर मुंबई के एगो पब में भोजपुरिया सितारन के जमावड़ा लागल आ सबही भोजपुरी गानन पर जम के ठुमका लगवलें. मुंबई के क्लब एस्केप में मंगल का दिने अंजना सिंह धूम धाम से आपन जनमदिन मनवली. एह मौका…

अंजना सिंह के लाल दुपट्टा वाली के शूटिंग शुरू

सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक कहाए वाली अंजना सिंह के फिल्म “लाल दुपट्टा वाली” के शूटिंग शुरू हो गइल बा. निर्देशक शैलेश पांडे के एह फिलिम में अंजना के जोड़ी नवोदित अभिनेता रोहित सिंह संगे लगावल गइल बा,. रोहित सिंह एह फिलिम से आपन शुरूआत कइले बाड़न. एह फिलिम में…

खेसारीलाल के दिल उड़ा ले गइली ओढनिया वाली अंजना

सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक अंजना सिंह भोजपुरी के नयका सुपरस्टार खेसारीलाल यादव के दिल चोरा लिहले बाड़ी. एह दुनु जने के अभिनय से सजल फिल्म “दिल ले गइल ओढनिया वाली” के हकीकत इहे ह. बालाजी सिनेविजन प्रा. लि. के बैनर तले बनत प्रसिद्ध वितरक पप्पू भाई, राजेश सिंह आ…

Switch to our mobile site