Tag Archives: गुंजन पंत
गुन्जन पन्त के मजगर अभिनय के जादू चलल बिहार में
खूबसूरत, चंचल, हसमुख आ साथही गंभीर अभिनेत्री गुंजन पन्त अब बन गइल बाड़ी न्याय के देवी. एह घरी उनुकर फिलिम “लक्ष्मण रेखा” उनुका के बहुते चरचा में ले आ दिहले बा. 3 मई के बिहार में रिलीज भइल एह फिलिम में गुंजन के किरदार एगो अइसन दमदार महिला प्रधान के…
गुंजन पन्त कहिए दिहली आई लव यू
आमतौर पर पहिले दू जने में प्यार होला, तब लोग एक दोसरा से कहलें “आई लव यू” आ फेर शादी होला. बाकिर सिनेमा भोजपुरी के स्टार अदाकारा गुंजन पन्त पहिले “सात फेरे” लेके शादी कइली फेरू कहली “आई लव यू” आ “भईल तोहरा से प्यार”. एह के बाद त रउरा…
औरतन के बस देखावटी गुड़िया मत समुझल जाव – गुंजन पन्त
सिनेमा भोजपुरी के अदाकारा गुंजन पन्त एह घरी बहुते नाराज लउकत बाड़ी. उनुका तकलीफ एह बात के बा कि फिलिमन में जवना तरह से अभिनेत्रियन के परोसल जात बा से सरासर गलत बा. कहली कि ठीक बा कि आपन देश मरद प्रधान ह बाकिर इहो साँच ह कि औरत बिना…
कुंभ नहा अइली गुंजन पन्त
हर बारह साल पर लागे वाला इलाहाबाद के महा कुंभ में करोड़ो लोग नहाए आवेला. एह महाकुंभ में कुछ पावन नहान का दिने शाही नहान होला आ अइसने शाही नहान का दिने सिनेमा भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री गुंजन पन्त त्रिवेणी संगम में डुबकी लगा अइली. पूजा पाठ में रूचि राखे…
गुंजन पंत के बधाई देत बा सभे
सिनेमा भोजपुरी के चर्चित नायिका गुंजन पंत अब निर्माता बन गइल बाड़ी आ एहला उनुका के बहुते बढ़ाई दिहल जात बा. गुंजन पंत के बतौर निर्मात्री पहिलका फिलिम ‘मुन्नी बदनाम भइल सईंया तोहरे खातिर’ जल्दिए सेट पर जाए वाली बा. गुंजन पंत मौजूदा दौर के पहिलका अभिनेत्री हई जे फिलिम…
लक्ष्मण रेखा के डबिंग करत में रो पड़ली गुंजन पन्त
कलाकार बहुते भावुक होलें आ हर लमहा के ऊ अपने से जोड़ के देखेलें. कबो कबो त खुशी से ओह लोग के आँख भर आवेला. अइसने भइल स्टार नायिका गुंजन पन्त संगे, जब ऊ अपना फिलिम ’लक्षमण रेखा’ क डबिंग करत घरी रो पड़ली. काहें कि एकरा शूटिंग के दौरान…
अभिनेत्री गुंजन पंत बनली फिल्म निर्माता
सिनेमा भोजपुरी के चर्चित नायिका गुंजन पंत अब अभिनय का संगे-संग फिलिम निर्माणो में आ गइल बाड़ी. मौजूदा दौर के ई पहिलका नायिका हई जे फिलिम बनावे चलल बाड़ी. गुंजन पंत निर्माता चेतन राठौड़ संगे मिलके भोजपुरी फिल्म ‘मुन्नी बदनाम भईल सईंया तोहरे खातिर’ बनावत बाड़ी. प्रिशा आर्ट्स के बैनर…
रायपुर के डांस बार में मिलली गुंजन पन्त
मारे मुस्की त कुतुबमीनार हिलेला… जइसन गीत कवनो आम जगहा का बदले मौज मस्ती वाला जगहे बेसी सुनाला. आ मनमोहिनी काया के मल्लिका, भोजपुरी सिनेमा के स्टार नायिका गुंजने पंत के देख लीं. ऊ कब मुंबई से अचानक छत्तीसगढ़, रायपुर चहुँप गइली केहु के पते ना चलल आ ताज्जुब त…
अंजन टीवी के राँची वाला रोड शो में गुंजन पंत
सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल हीरोइन गुंजन पन्त पिछला दिने रांची में निकलल अंजन टीवी के रोड शो में आपन जलवा देखवली. अतवार का दिने दू सौ छोटकी बड़की गाड़ियन के काफिला रांची के सड़कन से गुजरल. मकसद रहे भोजपुरी के नयका मनोरंजन चैनल अंजन टीवी के प्रचार कइल. एह…
दुलहिन बने ला बेचैन बाड़ी गुंजन पंत
सिनेमा भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री, मोहक मुस्कान के मल्लिका गुंजन पन्त अनेके फिलिमन में शादी शुदा महिला के किरदार निभा चुकल बाड़ी बाकिर असली जीवन में दुलहिन बने के इंतजार लागल बा गुंजन के. कहेली कि जबहियों कवनो फिलिम के शूटिंग में दुलहिन के ड्रेस पहिरेली त लागेला कहीं सचहुं…
‘लक्ष्मण रेखा’ पार करत ‘धूम’ मचावत ‘कोठा’ चहुंपली गुंजन पन्त
नैनीताल की खूबसूरत बाला, मनमोहिनी काया के मल्लिका, भोजपुरी सिनेमा के स्टार नायिका गुंजन पन्त आजु के व्यस्त नायिका लोगन का दौड़ में सबले आगा हो गइल बाड़ी. एह साल गुंजन के अभिनय से सजल अनेके फिलिम रिलीज होखे वाली बा आ कई एक फिलिमन के शूटिंग में गुंजन लगातार…
गुंजन पन्त के ‘धूम मचईले राजाजी’ शुक से बिहार में
शुक २२ जून से बिहार में रिलीज फिल्म ‘धूम मचईले राजा जी’ से गुंजन पंत आपन धूम मचावे आइल बाड़ी. मोहक मुस्कान आ सौन्दर्य क मूर्ति गुंजन पन्त के अभिनय आ रूप लावण्य के दीवाना सिनेप्रेमी उनुकर फिलिम देखे सिनेमाघर ले खींचाइल चल आवेलें. चुनमुन पंडित निर्देशित फिल्म ‘किसना कईलस…




Recent Comments