Tag Archives: चिंगारी
07 अक्टूबर से बिहार में रिलीज होखी ‘चिंगारी’
खुशी क्रिएशंस एण्ड कम्यूनिकेशन अउर सिटी इण्टरटेनमेंट लिमिटेड के बनावल आ हालिवूड सितारन से सजल फिलिम ‘चिंगारी’ के सत्तर गो प्रिंट जारी होखी आ सात अक्टूबर के बिहार का सत्तर गो सिनेमा घर में एकरा के रिलीज कइल जाई. (स्रोत शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
“चिंगारी” फिलिम क पोस्ट प्रोडक्शन के काम शुरू
इंटरनेशनल टेलीविजन पर्सनालिटी कार्ल पिलकिंगस्टन भोजपुरी फिलिम में हॉलीवुड स्टार वार्विक डेविस का बाद अब एगो अउर इंटरनेशनल टेलीविजन पर्सनालिटी कार्ल पिलकिंग्स्टनो भोजपुरी फिल्म ‘चिंगारी’ में नज़र अइहन. कार्ल पिलकिंग्स्टन इंटरनेशनल ट्रैवल शो ‘ईडिएट अबरोड ऑन स्काई’ से बहुते चरचा में आइल रहलें आ एह बदे उनुका बेस्ट प्रेजेंटर के…
भोजपुरी सिनेमा के कमाई खातिर नया राह खोल दिहलें प्रकाश अवस्थी
भोजपुरी फिलिम निर्मातन के कमाई के एगो अउर राह मिल गइल बा छत्तीसगढ़ टेरेटरी से. भजन सम्राट अनूप जलोटा के कंपनी अपना भोजपुरी फिलिम ला छत्तीसगढ़ी सिनेमा के सुपर स्टार प्रकाश अवस्थी के भोजपुरी परदा पर उतारे जात बाड़ें जवना से अब भोजपुरी फिलिमन के छत्तीसगढ़ी संस्करण ओहिजा प्रदर्शित करे…
चंपा विश्वास कांड पर बनल बतावल जात बा ‘चिंगारी’
सगरी बिहार को झिंझोर देबे वाला चंपा विश्वास बलात्कार कांड अब सिनेमा भोजपुरी के परदा पर देखे के मिले वाला बा. साल 1995 के एह कांड के आधार बना के बनल फिल्म ‘चिंगारी’ में तबके सत्तासीन दल के एगो विधायक के बेटा बिहार के एगो प्रशासनिक अधिकारी के पत्नी चंपा…
हॉलीवुड स्टार वार्विक डेविस करीहें भोजपुरी फिल्म में अभिनय
हैरी पोर्टर अउर स्टार वार के किरदार अब भोजपुरी में बोली हैरी पोटर, स्टार वार्स समेत अनेके हॉलीवुड फिलिमन मं अपना अभिनय खातिर दुनिया भर में चर्चित हॉलीवुड स्टार वार्विक डेविस अब भोजपुरी सिनेमा में काम करे वाला बाड़ें. पिछला दिने वार्विक डेविस भारत के खुशी क्रियेशंस एण्ड कम्यूनिकेशन अउर…
सीमा सिंह चिंगारी से खेलीहें
भोजपुरी सिनेमा के आयटम गर्ल सीमा सिंह के सीन आवे आ देखेवाला लोग सीटी ना बजावे से होइये ना सके. अब दर्शकन का दिल में आग पैदा करे वाली सीमा भोजपुरी फिल्म “चिंगारी” में नायिका बन के आवत बाड़ी. सीमा एहसे पहिले पवन सिंह का साथे “चोरवा बनल दामाद” में…


Recent Comments