Tag Archives: पाखी

सहारा समय न्यूज सर्वे निरहुआ-पाखी के सबले बढ़िया मनलस

मशहूर समाचार चैनल सहारा समय (बिहार-झारखण्ड) अपना सर्वे में भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार निरहुआ के साल 2012 के सबले सफल अभिनेता कहलसि. बतवलसि कि सफलता के पैमाना पर खेसारीलाल दूसरका, पवन सिंह तिसरका, रविकिशन चउथा आ मनोज तिवारी पँचवा पायदान पर रहलें. अभिनेत्रियन में पाखी हेगड़े के पहिलका, अंजना सिंह…

गुडडू धनोवा के मराठी फिलिम में पाखी हेगडे

नं० 1 भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगडे अब मशहूर निर्माता-निर्देशक गुडडू धनोवा के फिलिम “दिवाना” में अभिनय करत नजर अइहें. शाहरूख खान वाला ‘दीवाना’ के निर्माता आ जिददी, ऐलान, बिग ब्रदर अउर बिच्छु जइसन सुपरहिट फिलिमन के निर्देशक गुड्डू धनोवा के मराठी फिलिम ‘गुलाबो’ में पाखी केन्द्रीय भूमिका में बाड़ी. एकर…

पाखी ‘आई लव यू’ कहली निरहुआ से

भोजपुरिया दर्शकन के दिल के धड़कन आ नंबर 1 अदाकारा पाखी हेगड़े आखिरकार निरहुआ के ‘आई लव यू’ कहिए दिहली. आ अतने कहि के ना चुपइले अब साथही जिए मरे के किरिओ खात बाड़ी. बाकिर एहसे अइसन वइसन कुछ सोचला के जरूरत नइखे काहे कि बात फिलिम के होखत बा….

कैदी के प्यार में पड़ली पाखी

भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगड़े एह घरी एगो कैदी के प्यार में पागल हो गइल बाड़ी आ एह प्यार में उनकर पागलपन के कवनो हद नइखे रह गइल. ऊ कुछउ कर सकेली ओकरा प्यार में. दरअसल पाखी आपन जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम ‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ में कैदी बनल निरहुआ से…

निरहुआ-पाखी के जोड़ी फेर मिली ‘गंगादेवी’ में

सिनेमा भोजपुरी के सुपरहिट जोड़ी निरहुआ-पाखी के धमाल एक बेर फेरू दीपक सांवत के बनावल भोजपुरी फिल्म ‘गंगादेवी’ से मचे वाला बा. एह फिल्म में निरहुआ-पाखी के जोड़ी एकदम नया अंदाज में देखे के मिली. निरहुआ राजनीतिक कार्यकर्ता बनल बाड़ें आ पाखी हेगडे उनकर पत्नी, जे बाद में चलके खुद…

शुरू हो गइल ‘रिक्शावाला आई लव यू’

बिहार आ मुंबई के प्रसिद्ध वितरक बिटू सरदार ‘रिक्शावाला आई लव यू’ फिल्म बनावत भोजपुरी फिल्म निर्माण में आ गइल बाड़ें. उनुका पहिला फिल्म ‘रिक्शावाला आई लव यू’ क शूटिंग पिछला दिने मुंबई के चांदीवली स्टूडियों में शुरू भइल. निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा. लि. प्रस्तुत आ वाहे गुरू मूवीज के बैनर…

अन्याय का खिलाफ पाखी के ‘‘खून भरी मांग’’

भोजपुरी के नं॰ 1 अदाकारा पाखी हेगड़े अब महिला प्रधान फिलिम ‘खून भरी मांग’ में प्रमुख भुमिका में नजर अइहें. फिल्म के लाँचिंग हाल ही में मुम्बई में कइल गइल. एह फिल्म में पाखी हेगडे अन्याय का खिलाफ लड़े के ऐलान करत बाड़ी. पाखी ‘‘खून भरी माँग’’ से बहुते उत्साहित…

पाखी का जलवा

भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगड़े के जलवा एह घरी पूरा बिहार अउर मुम्बई में कायम बा जहवाँ उनुकर फिलिम ‘‘खून पसीना’’ के धूम बा. बाक्स आफिस पर बढ़िया बिजनेस बिटोरत ई फिलिम अब आपन पचासवाँ दिन मनावे का ओर बढ़त बिया. खून पसीना में पाखी के भूमिका देखेवालन के बहुते पसन्द…

बिदेसिया में पाखी के बोल्ड अवतार

सिनेमा भोजपुरी के नम्बर वन अदाकारा पाखी हेगड़े के बोल्ड अवतार ‘‘बिदेसिया’’ में देखे के मिले वाला बा. एह फिलिम में पाखी हेगडे पहिला बेर कवनो निगेटीव किरदार करत नजर अइहें. ईनुकर किरदार एह फिल्म में माया नाम के कॉलगर्ल के बा. फिलिम में पाखी के मायाजाल में फंसल बाड़न…

भोजपुरी परदा पर भिखारी ठाकुर के ‘बिदेसिया’

भोजपुरी के शेक्सपीयर भिखारी ठाकुर के रचल नौटंकी ‘‘बिदेसिया’’ अब बड़को परदा पर नजर आवे वाला बा. ‘बिदेसिया’ का कहानी पर महुआ मीडिया प्रा॰लि॰ आ यशी फिल्मस् प्रा॰लि॰ मिल के एह भोजपुरी फिल्म ‘‘बिदेसिया’’ के निमार्ण कइले बा. निर्देशन कइले बाड़े ‘‘अगले जनम मोहे बिटीया ही कीजो’’ फेम निर्देशक रंजन…

शाहरूख-काजोल आ ऋतिक-करीना का बाद निरहुआ-पाखी बिग बी के बेटा-पतोहु बनले

किंग खान-काजोल आ ऋतिक रौशन-करीना कपूर का बाद सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ पाखी हेगड़े हिन्दी सिनेमा के शांहशाह अमिताभ बच्चन आ जया बच्चन के बेटा-पतोहु का भूमिका में नजर आवे वाला बाड़े. निरहुआ-पाखी बिग बी के मेकअप मैन दीपक सावंत के भोजपुरी फिल्म ‘‘गंगा देवी’’…

अमिताभ बच्चन आ जया साथे निरहुआ आ पाखी

भोजपुरी परदा के जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ न॰ 1 अदाकारा पाखी हेगड़े अब भोजपुरी सिनेमा का परदा पर बिग बी अमिताभ बच्चन आ जया बच्चन का साथे नजर अइहें. निरहुआ आ पाखी हेगडे बिग बी अमिताभ बच्चन के मेक अप मैन दीपक सावंत के भोजपुरी फिल्म ‘गंगा देवी’…

Switch to our mobile site