Tag Archives: भोजपुरी सिनेमा
भोजपुरी सिनेमा के घिनाह राजनीति पर अब फिलिम बने जात बा
सिनेमा भोजपुरी के मौजूदा घिनाह राजनीति अब फिल्मकारनो के पसंदीदा विषय बन गइल बा. पहिला बेर एह गंदगी के परदा पर सोझा करे जात बाड़न युवा निर्माता रविन्द्र सिंह मोरसराई. एह फिलिम में देखावल जाई कि कइसे एगो तबका सिनेमा भोजपुरी के बढ़न्ती के राह में रोड़ा बनल बा. रविन्द्र…
यह ले अपनी लकुटि कमरिया, यह ले अपनी सोटी
बहुत दुख का साथ बतावे पड़त बा कि सिनेमा भोजपुरी से जुड़ल हर खबर, भा प्रचारक लोग से मिलल हर रपट के प्रकाशित ना कइल जा सकी. काहे कि सामग्री के भोजपुरी अनुवाद करे में लागे वाला मेहनत के कवनो फायदा नइखे लउकत. मानत बानी कि हमरा भोजपुरी से लगाव…
कब सुधरी भोजपुरी फिल्मउ़द्योग ?
खास करि के नवहियन खातिर बनावल भोजुपरी फिल्म ‘राजा जी’ के बिहार आ मुंबई में बंपर ओपनिंग मिलल बा. एह फिल्म के बिहार के 55 गो आ मुंबई के 32 गो सिनेमाघर में रिलीज कइल गइल. पिछला महीना भोजुपरी के महानायक मनोज तिवारी के फिल्म ‘भईया हमार दयावान’ बिहार में…
भोजपुरिया शहंशाह रवि किशन के दस साल के फिल्मी सफरनामा
साल १९६२ में पटना में जब पहिलका भोजपुरी फिलिम “गंगा मईया तोहके पियरी चढ़इबो” के मुहूर्त भइल रहे तब केहू ना सोचले रहुवे कि एक दिन उ छोटहन पौधा बड़हन वट वृक्ष बन जाई जवना का छाँह में लाखों लोग आपन परिवार चलाई. साल १९६२ से २००१ ले भोजपुरी फिलिमन…
मल्टीप्लेक्स में देखावल जाव भोजपुरी फिलिम – मनोज तिवारी
भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार आ गायक मनोज तिवारी बिहार, यूपी आ झारखंड सरकारन से मांग कइले बाड़न कि जइसे महाराष्ट्र के मल्टीप्लैक्सन में रोजाना मराठी फिलिमन के एक शो देखावल जरूरी होला वइसही उत्तर प्रदेश, बिहार आ झारखंड के मल्टीप्लैक्सनो में भोजपुरी फिलिमन के एक शो जरूरी बना देबे…
दास कबीर जतन से ओढ़ी जस की तस धर दीन्हि चदरिया
समयाभाव का चलते तय कइल गइल बा कि फिल्म से जुड़ल खबर जल्दी से रउरा सभ का सोझा परोसे खातिर अनुवाद में लागे वाला समय से बाचल जाव. एह चलते अब से फिल्म से जुड़ल खबर
भोजपुरी सिनेमा के मिलल कमाई के नया रास्ता
भोजपुरी सिनेमा के कमाई के अब एगो नया रास्ता मिल गइल आ ई रास्ता बनवलसि ए॰सी॰सी॰ डिजिटल प्रा॰लि॰ जे अपना फिलिम “रंगबाज” के प्रोमोशनल वीडियो एयरटेल के थ्रीजी मोबाइल सेवा पर डलले बा आ एह वीडियो में “लच लच लचके कमरिया जोबना मारे उफान” समेत एह फिल्म के सगरी गाना…
उत्तर प्रदेश में धाक जमावत बाड़े संजय पाण्डेय
आजुकाल्हु भोजपुरी सिनेमा के नामी खलनायक आ आजमगढ़िया संजय पाण्डेय अपना माटी आ अपना भाषा भोजपुरिया के परमसुख लेबे में लागल बाड़न. उनका पाँच गो फिल्मन के शूटिंग एह घरी यूपी में चल रहल बा. आजमगढ़ में असलम शेख निर्देशित आ निरहुआ इंटरटेनमेंट के फिल्म “औलाद” के शूटिंग, जौनपुर में…
अपना दर्शकन के लुभावेली रीतु पांडे
भोजपुरी सिनेमा के हास्य अभिनेत्री रीतू पांडे बहुते कड़ा संघर्ष का बाद एह मंजिल पर चहुँपल बाड़ी. अब उनकर जगहा सुरक्षित हो चुकल बा आ उनुकर कई गो फिल्म सामने आ चुकल बाड़ी सँ. आजमगढ़ के फूलपूर के रहेवाली रीतू पांडे म्यूजिक अलबम से आपन अभिनय के उड़ान शुरु कइली…
भोजपुरी सिनेमा अब आपन मुश्किल दौर पार कर चुकल बा – रविकिशन
भोजपुरी सिनेमा के सफर पचास साल से लमहर हो गइल. एह मौका पर पिछला दिने भोजपुरी सिनेमा के दू गो ध्रुव, मनोज तिवारी आ रविकिशन, के राय जाने सुने के मौका मिलल. मनोज तिवारी के कहना रहे कि समय आ गइल बा कि भोजपुरी सिनेमा अपना तिलिस्म से बहरी निकले…
भोजपुरी के पहिला ससपेंस थ्रिलर रामपुर के लक्ष्मण
भोजपुरी सिनेमा में अब्बास सुल्तान स्टाइल के बनल पहिलका ससपेंस थ्रिलर फिल्म “रामपुर के लक्ष्मण” अगिला शुक २६ जनवरी के देश भर में एके साथ रिलीज होखे जा रहल बा. पूरा देश के साठ गो सिनेमाघर में एकरा के एके दिने रिलीज कइल जा रहल बा. भोजपुरी सिनेमा आजुकाल्हु अपना…
अपना साँवरिया खातिर सब कुछ करीहे विनय आनन्द
विनय आनन्द अपना हर फिल्म के पूरा संजीदगी से लेबे लें आ इहे कारण बा कि ऊ अपना हर फिल्म के सफलता खातिर कवनो सीमा तक जाये के तइयार रहेलें. अब विनय आनन्द तय कड़ले बाड़न कि अपना हर फिल्म के प्रचार खातिर ऊ कुछ दिन निकाल के रखीहें. कहलन…


Recent Comments