Tag Archives: मनोज तिवारी

परशुराम का शूटिंग में मनोज तिवारी घवाहिल भइलें

wounded-ManojTiwari

सिद्धार्थ नगर जिला के बांसी इलाका का नचनी गांव में अपना फिलिम “परमवीर परशुराम” के शूटिंग करत घरी मनोज तिवारी के गोड़ बक्सा से टकरा के तीन इंच कट गइल. ऊँख का खेत में होत शूटिंग में हिरोइन के हाईट बढ़ावे ला ऊ बक्सा राखल रहुवे जवना से मनोज तिवारी…

मनोज तिवारी के ‘गोबर सिंह’ 14 जून से बिहार में

gobar-singh-manoj

भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के फिलिम ‘गोबर सिंह’ 14 जून के बिहार में रिलीज होखत बा. चर्चित निर्देशक बॉबी सिंह का निर्देशन में बनल एह फिलिम में मनोज तिवारी के साथ देबे वाला कलाकारन में रिंकू घोष, पारुल यादव, संतोष सिंह, फूल सिंह, नवल किशोर, राकेश त्रिपाठी, मोना राय,…

डर्मी कूल के तारीफ करत मनोज तिवारी

ManojTiwariKiPaniPuri

जब सलमान खान झंडू बाम भा फेवीकोल से सट सकेलें त मनोज तिवारी केकरा से कम हउवें. अब मनोजो तिवारी डर्मी कूल लगावे लागल बाड़न. अपना नयका एलबम में मनोज तिवारी एगो गाना डललें बाड़न ‘तेरी गर्मी दूर करूंगा डर्मी कूल से’ बाकिर एह बात के जबाब नइखन देत कि…

20 साल के मनोज तिवारी

manoj-tiwari-with-mother

बहुते अइसन लोग भइल बा जे विपरीतो हालात में आपन पहिचान बनावल, अपना बलबूते सफलता लिहल, कबो कवनो दबाव का आगा झुकल ना, राह में आइल अड़ंगा से रुकल ना, आ समाज का दिल में आपन जगहा बना लिहल. अइसनके आदमियन में से एगो हउवें मनोज तिवारी जे लोकप्रिय गायको…

भगवान परशुराम पर बनल पहिला भोजपुरी फिलिम

Parshuram-ManojTiwari

मनोज तिवारी करीहें भगवान परशुराम के भूमिका भगवान विष्णु के छठवाँ अवतार रेणुकानंदन भगवान परशुराम पर बने जात भोजपुरी फिलिम “परमवीर परशुराम” में मुख्य भूमिका करीहें भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी. अलौकिक बुद्धि, चेहरे पर तेज आ बहुते बलशाली परशुराम भगवान शिव से मिलल फरसा ले के राम से परशुराम…

दस साल बाद आइल मनोज तिवारी के रोमांटिक एलबम ‘हमरी पानी पूरी’

Panipuri-manoj-tiwari

सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार आ लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी दस साल बाद एगो एलबम ले के आइल बाड़े. एह रोमांटिक एलबम के नाम ह ‘हमरी पानी पूरी’ आ एकरा के टी-सीरीज जारी करत बावे. एहसे पहिले मनोज तिवारी के कवनो एलबम साल 2003 में आइल रहुवे ‘शहर के तितली’….

फिलिमी अखाड़ा में कूदलन बिहार बसपा के प्रभारी ददन पहलवान

manoj-tiwari-gamcha

बिहार में मायावती के सिपहसालार, बसपा प्रभारी, चर्चित राजनैतिक हस्ती, आ मंत्री रह चुकल ददन यादव उर्फ ददन पहलवानो अब फिलिम बनावे में आपन हाथ अजमइहें. अपना पहिलका फिलिम ‘मुकाबला’ ला ददन पहलवान सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी के साईन कइले बाड़न. एह फिलिम के निर्माण ददन पहलवान…

मनोज तिवारी के ‘दरार टू’

मनोज तिवारी

‘गंगा जमुना सरस्वती’ के सफलता क बाद अब मनोज तिवारी के अगिला फिलिम होखी ‘दरार टू’ जवन ‘दरार’ के सिक्वल होखी. मेगा स्टार मनोज तिवारी एहमें एगो अलगे आ चउँकावे वाला भूमिका में नज़र अइहें. ‘दरार टू’ एगो मल्टी स्टारर फिलिम होखी जवना में छह गो हीरो आ सात गो…

भोजपुरी खातिर अलग सेंसर बोर्ड के मांग कइलन मनोज तिवारी

भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी भोजपुरी गीतन में लगातार फइलत अश्लीलता पर नाराज़गी जतावत एह पर रोक लगावे खातिर अलग सेंसर बोर्ड के मांग कइले बाड़न. विक्रमशीला महोत्सव का मौका पर मीडिया से बतियावत मनोज तिवारी अश्लील आ फूहड़ गीतन पर रोक लगावे के मांग करत कहलन कि…

मनोज तिवारी-रिंकू घोष के सिक्का फेरू चलल

Manoj-Rinku

सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी आ ड्रीम गर्ल रिंकू घोष के जोड़ीवाली सगरी फिलिम कमाई के रिकार्ड बनवले बाड़ी सँ. ‘दरोगा बाबू आई लव यू’, ‘सौगन्ध’, आ ‘अन्धा कानून’ के बाद एह जोड़ी के चउथको फिलिम, ‘गंगा जमुना सरस्वती’, मुम्बई में शानदार ओपनिंग लिहलसि आ इहो कमाई के…

मनोज तिवारी के आपन पांच सितारा होटल खुलल पटना में

Manoj-Hotel

मशहूर भोजपुरी गायक आ भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी अब बिहार के राजधानी पटना में आपन खुद के पांच सितारा होटल ‘पाटलीपुत्र एक्जोटिका’ खोल लिहलें. पटना गांधी मैदान का लगे बनल एह होटल में मनोज तिवारी के पार्टनर बाड़ें अनिल कुमार. पिछला दिने एह होटल के उद्घाटन केन्द्रीय…

सिनेमा भोजपुरी के हलचल

scene-from-aurat

भोजपुरी फिलिम “औरत” रिलीज ला तइया भइल. रहीज फिल्म इंटरनेशनल का बैनर मे मो॰ शादाब अली आ मानसी के बनावल एह फिलिम के निर्देशन मो॰ शादाब अली कइले बाड़न. कहानी लेखक उपदेश कुमार जोशी, संगीतकार शेखर श्रीवास्तव, विमल राज, सी एल जॉन आ स्व॰ सागर सेन, गीतकार राकेश निराल, अशोक…

Switch to our mobile site