Tag Archives: रविकिशन
सदाबहार सुपरटस्टार रवि किशन
सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपरस्टार हउवें रविकिशन जे लगातार दस साल से भोजपुरी सिनेमा के सिरमौर बनल बाड़ें. रवि किशन साल तेरहो में एक से बढके एक भोजपुरी फिलिम में नजर अइहें. रविकिशन ‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ में जमुना प्रसाद के भूमिका में बाड़न. ‘‘धुरंधर’’ में जुर्म के खिलाफ लड़े वाला…
जब दुर्घटना होत होत बाचल रविकिशन के
भोजपुरी अभिनेता रविकिशन ओह दिन बाल-बाल बाच गइलन, जब शूटिंग करत घरी एगो पिकप हाफ डाला अचके में उनुका सोझा आ गइल. एह घटना का बाद कुछ देर ले शूटिंग रोक दिहल गइल. बाद में रविकिशन दुबारा शूटिंग शुरू कइलन आ 150 फुट उपर से छलांग लगावे के स्टंटो कइलन….
ज्वालामंडी के निकहा शुरुआत मिलल
भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के फिलिम “ज्वालामंडी एक प्रेम कहानी” के बिहार में निकहा शुरुआत मिलल बा. निर्माता राजू सिंह आ निर्देशक जगदीश शर्मा के एह फिल्म में रवि किशन एगो मजबूर प्रेमी के भूमिका में बाड़न जे एगो कोठा मालकिन ज्वाला बाई के चंगुल में फंसल…
‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ के फर्स्ट लुक जारी भइल
ढेर दिन से जवना फिलिम के भोजपुरिया दर्शक बेसब्री से इंतजार करत बाड़ें ओह फिल्म ‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ के फर्स्ट लुक जारी कर दिहल गइल बा. एह फिलिम में पहिला बेर मनोज तिवारी, रवि किशन, निरहुआ तीनो स्टार आ पाखी हेगडे, रानी चटर्जी आ रिंकू घोष काम कइले बा लोग….
वैजयन्ती माला के किरदार में रवि किशन
सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार महाअभिनेता रवि किशन लड़िकाईं में अपना गाँवे रामलीला में सीता मईया बनल करसु. अब बरीसन बाद फेर उनुका महिला किरदार करे के मौका मिलल कलर्स टीवी के शो “झलक दिखला जा” में. रवि किशन के कहना बा कि “झलक दिखला जा” उनुका ला डांसिंग स्कूल बन…
रणवीर रफ़्तार धइलसि
सिनेमा भोजपुरी के बहुते चरचा में रहल फिल्म “रणवीर” अब रफ़्तार धर लिहले बा. पिछला शुक के बिहार में रिलीज का बाद बढ़िया शुरूआत ना मिलल रहे बाकिर गँवे गँवे ई फिलिम दर्शकन का दिल में जगह बना लिहलसि. . तेलगु फिल्म इंडस्ट्रीज के मशहूर निर्माण कंपनी ए के इंटरटेनमेंट…
एक्शन इमोशन से सजल रणवीर २५ मई से रिलीज हो गइल
तेलगु फिल्म इंडसट्रीज़ के जानल मानल फिल्म कंपनी ए के इंटरटेनमेंट आ 14 रील्स इंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड क सहयोगी कंपनी अल्टुरा फिल्म्स के पहिलका भोजपुरी फिल्म “रणवीर” २५ मई से बिहार में रिलीज हो गइल. अपना जबरदस्त अभिनय क्षमता खातिर जानल जाए वाला भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि…
चिदंबरम के अदा के कायल भइलन रवि किशन
सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन संसद में गृह मंत्री पी. चिदंबरम के भोजपुरी बोलला के स्वागत कइले बाड़न. रविकिशन के लागत बा कि अठवीं अनुसूची में भोजपुरी के शामिल करे के राह साफ होखत बा. बीकानेर में अपना एगो हिंदी फिल्म के शूटिंग में व्यस्त रवि किशन…
यशराज कैम्प में घुसलें रवि किशन
भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन क एंट्री अब हिंदी फिल्म जगत के सबले बड़हन बैनर यश राज फिल्म्स में हो गइल बा आ ऊ एह बैनर के नइकी फिल्म के शूटिंग शुरूओ कर दिहले बाड़न. बतावल जात बा कि रवि किशन ओह फिल्म में एगो खासमखास किरदार निभावत…
आपन रगड़ा खतम करे के फैसला कइले रविकिशन आ मनोज तिवारी
सिनेमा भोजपुरी के दू गो महान कलाकार रवि किशन अउर मनोज तिवारी का बीचे अब सुलह हो गइल बा. दुनु जने आपन गिला शिकवा मेटावत भोजपुरी खातिर एकजुट हो के काम करे के फैसला कइले बाड़े. आ ई सब कुछ भइल निर्माता आलोक कुमार के फिल्म “गंगा जमना सरस्वती” के…
गौरवशाली अतीत लहलहात वर्तमान – रवि किशन
बिहार शताब्दी समारोह का मौका पर रविकिशन सगरी बिहार के बधाई देत कहलन कि रउरा सभे बधाई के पात्र बानी कि बिहार में जनमलीं जवना के अतीत गौरवशाली रहल आ आजु वर्तमानो लहलहात बा. कहलन कि बिहार के गौरवशाली अतीत का बारे में कुछ कहला क जरूरत नइखे काहे कि…
रणवीर के फर्स्ट लुक जारी भइल
तेलगु फिल्म उद्योग के नामी फिल्म निर्माण कंपनी ए.के.इंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड आ 14 रील्स इंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड के सहयोगी कंपनी अल्टुरा फिल्म्स के पहिला फिल्म “रणवीर” के फर्स्ट लुक पिछला शनिचर का दिने मुंबई में जारी भइल. एह मौका पर रवि किशन, कृशा खंडेलवाल, ब्रृजेश त्रिपाठी, आ कृष्णा का संगे…


Recent Comments