Tag Archives: रवि किशन

भोजपुरिया बॉक्स ऑफिस पर जीजा साली के जलवा

SaaliBadiSataveli-poster

भोजपुरिया बॉक्स ऑफिस पर एह घरी जीजा साली के जलवा बा. फगुआ का मौसम में जीजा साली फगुनहट अउरी दिहले बा लोग ई जीजा साली हउवें रवि किशन, रानी चटर्जी आ दिलआवेज़ खान. रवि किशन रानी जीजा फिलिम में बाड़न त दिलआवेज़ खान असलियत में. एह जीजा साली के फिलिम…

बॉक्स ऑफिस पर रवि किशन के जादू

RaviKishan

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के जलवा एह घरी बॉक्स ऑफिस पर सर चढ़ के बोलत बा. एह होली पर बिहार में रिलीज़ भइल उनुकर दुनु फिलिम “साली बड़ी सतावेली” आ “गंगा जमुना सरस्वती” के ऐतिहासिक शुरुवात मिलल. इहो जाने जोग बा कि एह होली पर रिलीज़…

सुपरस्टॉर रवि किशन के पांच गो फिलिम प्रदर्शन ला तइयार

सिनेमा भोजपुरी के सुपरस्टॉर रवि किशन के पांच गो फिलिम बन के तइयार हो गइल बाड़ी सँ जवना के जल्दिए रिलीज कइल जाई. रवि किशन आजुकाल्ह अपना हिंदी फिल्म “बुलट राजा” के शूटिंग में लागल बाड़ें. रविकिशन के आवे वाली भोजपुरी फिलिमन के नाम बा “प्रतिबंध”, “छपरा की प्रेम कहानी”,…

रवि किशन – बादशाहत कायम रहल एहू साल

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार आ हिंदी सिनेमा में भोजपुरी के इकलौता चेहरा रवि किशन के बादशाहत साल बारहो में कायम रहल. एहू साल बाक्स आफिस पर सबले अधिका फिलिम रवि किशन के रहल. साथही छोटका परदा, हिंदी सिनेमा आ मराठी सिनेमा समेत मनरंजन के हर क्षेत्र में उनकर…

मनोज तिवारी, रवि किशन, पवन सिंह आ सीमा सिंह के शानदार जलसा

हालही में मुंबई के उत्तर भारतीय संघ के 63वां स्थापना दिवस पर भइल समारोह मेगा स्टार मनोज तिवारी, सुपर स्टार रवि किशन, पवन सिंह आ डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के नामे रहल. ई एगो अईसन साँझ रहल जवना के यादगार दिलो-दिमाग में हमेशा आपन मौजूदगी दर्ज करावत रही. मंच पर…

‘साली बड़ी सतावेली’ में रवि-रानी के सुपरहिट जोड़ी

सिनेमा भोजपुरी के सुपरस्टार रवि किशन आ स्टार अभिनेत्री रानी चटर्जी के सुपरहिट जोड़ी एक बेर फेर धमाल मचावे आवत बा. एहसे पहिले ई जोड़ी देवरा बड़ा सतावेला, आ ज्वालामंडी में धमाल मचा चुकल बिया. रवि-रानी के एह जोड़ी के अब निर्देशक दिलआवेज खान के फिलिम ‘साली बड़ी सतावेली’ में…

रवि किशन ला भाग्यशाली रहल 12/12/12

एकही दिन में 5 गो फिलिम साइन कइले सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन खातिर एह सदी के अनोखा तारीख 12/12/12 बहुते भाग्यशाली रहल. एह दिन ऊ कुल 5 गो फिलिम साइन कइलन जवना में चार गो भोजपुरी के आ एगो हिंदी के फिलिम बावे. ओह दिन रविकिशन…

रवि किशन भोजपुरी दबंग टीम में शामिल भइले

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग में भोजपुरी दबंग का ओर से खेलीहें. मंगल का दिने मॉरिशस से लवटते हवाईए अड्डा पर रविकिशन एकर अनुबंध साइन कर दिहलें. जान लीं कि एह साल से फ़िल्मी कलाकारन के क्रिकेट लीग सीसीएल में भोजपुरी सेलिब्रिटियनो के टीम…

प्रेम विद्रोही हो गइलें रवि किशन

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन एह घरी मुंबई छोड़ लखनऊ में प्रेम विद्रोही बनल बइठल बाड़ें. रवि किशन के प्रेम विद्रोही बनावे के जिम्मेवार बाड़ें निर्माता अंजनी उपाध्याय आ निर्देशक सनोज मिश्रा. अब सवाल उठऽता कि रवि किशन आखिर केकरा प्रेम में विद्रोही बनल बाड़ें, जान लीं…

राज ठाकरे के जवाब में मराठी फिल्म के शूटिंग शुरू कइलन रवि किशन

भोजपुरी के सदाबहार अभिनेता रवि किशन पिछला अतवार का दिने अपना मराठी फिल्म “मध्यवर्ग” के शूटिंग मुंबई के एसजे स्टुडियो में शुरू कइलन. कहेवाला एकरा के राज ठाकरे के बिहार विरोधी बयान के मुँहतोड़ जवाब कहत बाड़ें बाकिर रवि किशन के कहना बा कि एह बात के राज ठाकरे के…

झलक के सेट पर आपन जनमदिन मनइहें रवि किशन

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन अबकी आपन जनमदिन “झलक दिखला जा” के सेटे पर मनइहें. शूटिंग में व्यस्तता का चलते ऊ आपन जनमदिन पार्टी अबकी तीन दिन ला टाल दिहले बाड़न. रवि किशन हर साल १७ जुलाई के आपन जनमदिन धूमधाम से मनावेलें. एहु साल जनमदिन पार्टी…

करण जौहर क पसंद आइल रवि किशन के भोजपुरी गाना

हिंदी फिफिलिमन के मशहूर सुप्रसिद्ध निर्माता निर्देशक करण जौहर भोजपुरीओ गाना के शौक़ीन हउवें खासकर के ओह गीतन के जवना के रवि किशन पर फिल्मावल गइल होखे. करण जौहर एह बात के खुलासा कइलन कलर्स टीवी के शो “झलक दिखला जा में” जवन पिचला शनिचर आ अतवार के देखावल गइल….

Switch to our mobile site