Tag Archives: रिंकू घोष
31 मई के ‘कोठा’ पर बिकइहें रिंकू घोष
‘गंगा जमुना सरस्वती’ आ ‘साली बड़ी सतावेली’ जइसन ब्लॉक बस्टर फिलिम दिहला क बाद अब सिनेमा भोजपुरी के अव्वल अदाकारा रिंकू घोष के अगिला फिलिम ‘कोठा’ प्रदर्शन ला तइयार बा. एकरा के 31 मई के बिहार में रिलीज कइल जाई, ‘कोठा’ में रिंकू घोष एगो अइसन कनिया बाड़ी जेकरा के…
विराज भट्ट आ रिंकू घोष गोपीगंज में
सिनेमा भोजपुरी के एक्शन स्टार विराज भट्ट आ बबली गर्ल रिंकू घोष एह घरी उत्तर प्रदेश के गोपीगंज आ भदोही में अपना नइकी फिलिम ‘ई कईसन प्रथा’ के शूटिंग में व्यस्त बाड़ें. निर्देशन करत बाड़ें निहाल सिंह. विराज भट्ट आ रिंकू घोष के जोड़ी गोपीगंज आ भदोही के लोगन खातिर…
रिंकू घोष राजकुमार पांडे के गली में
‘गंगा जमुना सरस्वती’ आ ‘साली बड़ी सतावेली’ जइसन सुपर डुपर हिट फिल्म दे चुकल चर्चित नायिका रिंकू घोष के निर्माता-निर्देशक राजकुमार पांडे के फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ देखल जाई. नायक रहीहें प्रदीप पांडे ‘चिंटू’. (शशिकांत सिहं)
ई कइसन प्रथा
‘गंगा जमुना सरस्वती’ आ ‘साली बड़ी सतावेली’ जइसन ब्लॉक बस्टर फिलिम दिहला क बाद सिनेमा भोजपुरी के बबली गर्ल रिंकू घोष अब फिलिम ‘ई कइसन प्रथा’ में नजर अइहें. मानल जा सकेला कि रिंकू एहु फिलिम में फेर भोजपुरिया दर्शकन के दिल जीते में कामयाब होंखीहें. फिलिम के शूटिग अबहीं…
रिंकू घोष अनुभव कइली चमत्कार के
पिछला दिने ‘जय मां मइहर वाली’ फिलिम के शूटिंग खातिर अभिनेत्री रिंकू घोष जब मध्य प्रदेश के सतना में मइहर माई मंदिर चहुँपली त उनुका ओहिजा अनेके चमत्कार अनुभव कइली, सबसे पहिले त सिर्फ दस दिन चले वाला शूटिंग पूरा चौदह दिन चलल आ केहु के अहसास ना भइल कि…
एके दिन तीन गो फिलिमन के रिलीज से रिंकू घोष का नामे एगो अउर रिकार्ड बनल
सिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष पिछला शुक के एगो नया रिकार्ड बनवली. भोजपुरी के ऊ पहिला अदाकारा बन गइली जिनकर तीन गो फिलिम एके साथ रिलीज भइल होखे. ई फिलिम रहली सँ अजय देवगन के साथे रिंकू घोष के हिंदी फिल्म ‘हिम्मतवाला’, भोजपुरी क मल्टी स्टारर ‘गंगा जमुना…
अजय देवगन के बढ़िया से धोखा दे दिहली रिंकू घोष
हेडिंग पढ़ के ई मत सोचीं कि साचहूं रिंकू घोष कवनो बात ला अजय देवगन के धोखा दे दिहली. असल में हिन्दी फिल्म ‘हिम्मतवाला’ में रिंकू घोष आ अजय देवगन पर एगो गाना फिल्मावल गइल बा जवना के बोल बा ‘धोखा………’ आजुकाल्हु ई गाना तमाम चैनलन पर देखावल जात बा…
मनोज तिवारी-रिंकू घोष के सिक्का फेरू चलल
सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी आ ड्रीम गर्ल रिंकू घोष के जोड़ीवाली सगरी फिलिम कमाई के रिकार्ड बनवले बाड़ी सँ. ‘दरोगा बाबू आई लव यू’, ‘सौगन्ध’, आ ‘अन्धा कानून’ के बाद एह जोड़ी के चउथको फिलिम, ‘गंगा जमुना सरस्वती’, मुम्बई में शानदार ओपनिंग लिहलसि आ इहो कमाई के…
रिंकू घोष के फिलिम ‘साली बड़ी सतावेले’ जल्दिए आई
सिनेमा भोजपुरी के परदा पर ड्रीम गर्ल रिंकू घोष के हंगामा पहिलहीं से जारी बा. अब इनकर चर्चित फिलिम ‘साली बड़ी सतावेले’ जल्दिए रिलीज होखेवाली बा. नायक बाड़ें सुपर स्टार रवि किशन. अपना एह फिलिम से रिंकू गजबे उछाह में बाड़ी. उनुका पूरा भरोसा बा कि इहो फिलिम दर्शकन के…
दुर्गा प्रसाद मजूमदार आ रिंकू घोष के मिलल आउट स्टैण्डिंग कंट्रिब्यूशन ऑफ रिजनल सिनेमा अवार्ड
देश के प्रतिष्ठित मीडिया हाउस एबीपी मीडिया समूह पिछला दिने रिजनल सिनेमा में शानदार योगदान खातिर फिलिम निर्माता आ वितरक दुर्गा प्रसाद मजूमदार के आ भोजपुरी सिनेमा के माथ अदाकारा रिंकू घोष के ‘आउट स्टैण्डिंग कंट्रीब्यूशन ऑफ रिजनल सिनेमा सम्मान’ से सम्मानित कइलस. भोजपुरी सिनेमा में ई पुरस्कार पावे वालन…
रिंकू घोष बनली ‘भोजुपरी दबंग’ के ब्राण्ड एम्बेसडर
भोजपुरी सिनेमा के ड्रीम गर्ल आ छोटका परदा के ‘दुर्गेश नंदिनी’ रिंकू घोष के भोजपुरी सितारन के क्रिकेट टीम ‘भोजपुरी दबंग’ के ब्राण्ड एम्बेसडर बनावल गइल बा. चर्चित भोजपुरी अभिनेत्री पाखी हेगड़ेओ ब्राण्ड एम्बेस्डर बाड़ी भोजपुरी दबंग के. रिंकू के कहना बा कि दुनिया भर के करोड़ों भोजपुरियन के पसंद…
हॉट अदाकारा रिंकू घोष के ‘रखवाला’
सिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष अभिनीत फिलिम ‘रखवाला’ के प्रदर्शन एह शुक से मुंबई समेत पूरा देश में कइल जात बा. एह फिलिम में रिंकू के हॉट अवतार भोजपुरी के सगरी नायिकन के पसीना छोड़ा दिहले बा. एह में नायक निरहुआ संगे रिंकू के लव एंगल बा. निर्माता…










Recent Comments