Tag Archives: विनय आनन्द
शिवभक्त विनय आनंद करीहें ‘शिवचर्चा’
सिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार विनय आनंद अब भोजपुरी फिलिम ‘शिवचर्चा’ में नजर अइहें. अपना निजीओ जिनिगी में विनय आनंद भगवान शिवजी के बड़हन भक्त हउवें आ भगवान शिव आ उनुका नगरी काशी दुनु से विनय आनंद के बहुते लगाव बा. ‘शिवचर्चा’ से पहिलहु विनय आनंद एगो धार्मिक फिलिम कइले…
विनय आनंद के ‘दामाद चाही फोकट में’ 29 मार्च से मुंबई में
बिहार में धूम मचवला का बाद भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद स्टारर फिलिम ‘दामाद चाही फोकट में’ के जलवा अब मुंबई में 29 मार्च से देखे के मिली. बिहार में एह फिलिम के बढ़िया सपोर्ट मिलल दर्शकन के फिलिम हिट हो गइल. एह फिलिम में विनय आनन्द भरपूर कॉमेडी आ…
विनय आनन्द देखइहे दबंगई
सिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार विनय आनंद अब सलमान खान क तरह दबंगई देखइहें. विनय आनन्द हाल ही में ‘बिहारी टाईगर’ नाम के एगो फिलिम के शूटिंग पूरा कइले हँ जवना में उनकर लुक एकदम से दबंग वाला सलमान खान जइसन बा. एह फिलिम में दबंग पुलिस वाला के भूमिका…
खुद के हवाई जहाज खरीदल चाहत बाड़ें विनय आनंद
अपना व्यस्त शूटिंग शेड्यूल के देखत सिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार विनय आनंद चाहत बाड़े कि आपन हवाई जहाजे खरीद लेसु. काहे कि तब अधिका काम कर सकीहें. दरअसल विनय आनन्द एह घरी लगातार शूटिंग में व्यस्त बाड़े. पिछला दिने ‘बिहारी टाईगर’ के शूटिंग से लवटि के ‘बिहारी रिक्शावाला’ के…
विनय आनंद आ अंजना सिंह के जोड़ी पहिला बेर
सिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार विनय आनंद आ अंजना सिंह के हॉट जोड़ी पहिला बेर भोजपुरी फिलिम ‘बिहारी रिक्शावाला’ में नजर आई. एह फिलिम में एह जोड़ी के अलावे नंबर वन खलनायक संजय पांडे के भूमिको खास बा. विनय आ अंजना के तरोताजा जोड़ी ले के आइल बाड़े ‘बिहारी रिक्शावाला’…
विनय आनंद बिहारी टाईगर बन गइले
भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद अब ‘बिहारी टाईगर’ बनके दहाड़ लगइहन. हाल ही में ऊ ‘बिहारी टाईगर’ फिलिम साइन कइले बाड़न जवना में उनकर नायिका बाड़ी कल्पना शाह आ साथ में बाड़ें शाहबाज खान, सुशील सिंह, अनूप अरोड़ा आ आयटम डांसर सीमा सिंह. (शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)
डायनामाईटो से खतरनाक बा विनय आनंद के ‘खूनी दंगल’
फिलिमन में मंहग मँहग कार के डायनामाईट से उड़त अपने खूब देखले होखब बाकिर ‘खूनी दंगल’ में कलाकारन के बोलल डायलॉग डायनामाईटो से खतरनाक बतावल जात बा. भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद आ सुदीप पांडे के जबरदस्त टक्कर से भरल एह रोमांटिक एक्शन फिल्म के निर्माण सुहानी सुहाना फिल्म्स के…
एक्शन से भरपूर बा विनय आनंद के ‘दबंग दामाद’
‘दबंग दामाद’ में विनय आनंद के एक्शन के जलवा त बड़ले बा, रोमांस आ कॉमेडीओ भरल बा. भोपाल के खूबसूरत नजारा देखावत ई फिलिम अगिला महीना रिलीज होखी. विनय आनन्द एगो अउर फिलिम में दामाद बनल बाड़ें फोकट में, नाम ह ‘दामाद चाही फोकट में’. विनय आनन्द के कहना बा…
विनय आनंद अउर सुदीप पांडे क ‘खूनी दंगल’
विनय आनन्द अभिनीत फिलिम खूनी दंगल खातिर खास तौर से एगो प्रोमोशनल गाना के शूटिंग करावल जात बा जवन भोजपुरी सिनेमा खातिर एगो नया बात बा. (8 Sept 12) भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद आ सुदीप पांडे क जोरदार मारधाड़ से सजल रोमांटिक एक्शन भोजपुरी फिल्म ‘खूनी दंगल’ के निर्माण…
विनय आनन्द के ‘मंगल फेरा’ अब तीन भाषा में
भोजपुरी सिनेमा के स्टार अभिनेता विनय आनंद के नामे एगो नया रिकार्ड जुटे जात बा. विनय आनन्द भोजपुरी के पहिलका अभिनेता बन गइल बाड़ें जिनकर फिलिम एके साथ तीन गो भाषा में बनावल जात बा. विनय आनंद अभिनीत फिल्म ‘मंगल फेरा’ के भोजपुरी, गुजराती अउर नेपाली, तीन गो भाषा में…
हिंदी के रीमेक वाली भोजपुरी फिलिम ना करीहें विनय आनंद
विनय आनंद एहला दुखी बाड़न कि आखिर भोजपुरी निर्माता हिंदी फिलिमन के रीमेक काहे बनावत बाड़ें. कहलन कि एह रीमेक से सिनेमा भोजपुरी के बढ़न्ती में बाधा पड़ट बा. एहसे विनय आनंद इहो तय कइले बाड़न कि ऊ हिन्दी फिलिमन के रीमेक वाली भोजपुरी फिलिमन से तौबा कर लीहें. कहलन…
विनय आनंद के सबले डरावन फिलिम ‘मंगल फेरा’
सिनेमा भोजपुरी में डरावनी फिलिमन के हमेशा कमी रहल बा, अब एह कमी के दुर करे आवत बावे विनय आनंद के फिलिम ‘मंगल फेरा’. एह फिलिम के पूरा शूटिंग नेपाल में भइल बा आ एह फिलिम के बनावे में बहुते उच्च तकनीक के इस्तेमाल भइल बा. फिलिम के हॉरर सभकर…




Recent Comments